वोट खातिर जोत देले बा खेत खलिहान

वोट खातिर जोत देले बा खेत खलिहान।

अपना देश के नेता लोग महान।

गांवे-गांवे घुमत बा

सबका से मिलत बा।

भोरे-भोरे पहुंचत बा भर के उड़ान।

अपना देश के नेता लोग महान।

रोड शो उ करत बा

लोग उनका प मरत बा।

का बुढ़़वा का जवान।

अपना देश के नेता लोग महान।

सबके भिरि मुद्दा बा

सबके भिरि कहानी बा।

जवना में बतावत बा अपना के सयान।

अपना देश के नेता लोग महान।

वोट खातिर जोत देले बा खेत खलिहान।

अपना देश के नेता लोग महान।

रौनक द्विवेदी (करथ, आरा)
Translate »