AVK NEWS SERVICES
सोचले रहनी एह बार हम गांवे जाइब।धूमधाम से सबके साथे छठ मनाइब।बाकी टूट गइल देखल सब सपनवा।ट्रेनवा में भीड़ भइल बा।ए छठी मइया,कइसे आईं करे राउर पूजनवा।ट्रेनवा में भीड़ भइल बा।ढेर दिना भइल रहे गांवे गइल।कमाए-खाए में लाइफ़ बिजी अइसन भइल।एगो रउरे रहीं आवे के बहनवा।ट्रेनवा में भीड़ भइल बा।ए छठी मइया,कइसे आईं करे राउर पूजनवा।ट्रेनवा में भीड़ भइल बा।तीन माह पहिले से टिकट बनवनी।एढ़ा-डेढ़ा रुपया लगवनी।तबो लागे पड़ल लमहर लाइनवा।ट्रेनवा में भीड़ भइल बा।ए छठी मइया,कइसे आईं करे राउर पूजनवा।ट्रेनवा में भीड़ भइल बा।